मध्यपूर्व में चल रहल जुद्ध से परेशान पूरा दुनिया के अमेरिकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प के हालिया बयान से कुछ राहत मिलल बा। उनका बयान के बाद विश्व बाजार में कच्चा तेल के दाम काफी घट गइल बा। ट्रम्प सोमार के कहले कि अमेरिका आ इरान के बीच वार्ता सकारात्मक रूप से आगे बढ़ रहल बा आ अगला पाँच दिन तक कोई सैन्य हमला ना होई।
अपना सोशल मीडिया ट्रुथ सोशल पर ट्रम्प लिखले कि अमेरिका आ इरान के बीच हाल के दिन में मध्यपूर्व के तनाव कम करे खातिर बहुत सकारात्मक आ परिणाममुखी बातचीत भइल बा। उनका अनुसार ई वार्ता गंभीर, विस्तृत आ रचनात्मक रहल बा। एह प्रगति के देखते हुए ट्रम्प रक्षा विभाग के निर्देश देले कि इरान के ऊर्जा केंद्र आ पूर्वाधार पर होखे वाला संभावित हमला पाँच दिन खातिर रोके। साथ ही ऊ कहले कि ई फैसला वार्ता के सफलता पर निर्भर करेला।
एह घोषणा के बाद अंतरराष्ट्रीय बाजार में ब्रेंट कच्चा तेल के दाम करीब १३ प्रतिशत घट के प्रति बैरल ९६ अमेरिकी डलर पर आ गइल। ओही तरह गैस के दाम भी १५९ पेन्स प्रति थर्म से घट के १३९ पेन्स पर पहुँच गइल, बीबीसी के रिपोर्ट अनुसार। विशेषज्ञ लोग कहत बा कि मध्यपूर्व में तनाव घटे के संकेत देखला पर ऊर्जा आपूर्ति में जोखिम कम होखे के उम्मीद से बाजार में तेल आ गैस के दाम गिरल बा।

