चैत १२ के सांसद लोगन के शपथ के बाद, बालेन शाह चैत १३ के दिन, रामनवमी के मौका पर नेपाल के नया प्रधानमंत्री के रूप में शपथ लेवे वाला बाड़े। उन्हकर नजदीकी स्रोत के मुताबिक, बालेन शाह दुपहर १२ बजके ३४ मिनट पर शपथ ग्रहण करीहें। शपथ समारोह में स्वस्तिवाचन आ शंखनाद के कार्यक्रम भी रखल जाई।
शपथ लेवे के बाद, दुपहर २ बजके १५ मिनट पर ऊ सिंहदरबार पहुँचींहें आ प्रधानमंत्री के रूप में आपन कार्यभार संभालींहें।
बालेन शाह के साथे ओही दिन मंत्री लोग के भी शपथ लेवे के चर्चा बा, लेकिन अबहीं तक मंत्रिपरिषद के सूची सार्वजनिक नइखे भइल।
हालांकि, स्रोत लोग के कहना बा कि अर्थ मंत्रालय में स्वर्णिम वाग्ले, विदेश मंत्रालय में शिशिर खनाल, आ गृह मंत्रालय में डिपी अर्याल या सुनिल लम्साल के नियुक्ति हो सकेलें।

