वीरगंज। पत्रकार स्व. सुर्दशनराज पाण्डे के स्मृति में स्थापित पत्रकारिता पुरस्कार बुध के दिन एगो समारोह में वरिष्ठ पत्रकार ईश्वरचन्द्र गौतम के प्रदान कइल गइल।
२५ हजार रुपया के ई पुरस्कार पर्सा क्षेत्र नं. १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य सांसद हरि पंत के हाथ से दिहल गइल। कार्यक्रम के संबोधित करत सांसद पंत कहले कि पर्सा के पत्रकारिता के धरोहर वरिष्ठ पत्रकार गौतम के सम्मान करे के मौका मिलल, एहसे उनकरो गर्व महसूस होत बा।
उ कहले कि नेपाली पत्रकारिता के विकास में गौतम के योगदान बहुत महत्वपूर्ण रहल बा। स्व. पाण्डे के याद करत पंत कहले कि ऊ हमेशा पत्रकारिता के सिद्धांत के पालन करत रहले। उ कहले, “पाण्डे दा हमेशा प्रतिपक्ष के भूमिका में रहलन, आ हमार मानना बा कि पत्रकारिता के असली मर्म भी ईहे बा।”
उ पत्रकारिता पुरस्कार के राशि बढ़ावे खातिर जरूरी पहल करे के अपील भी कइले।
सम्मानित वरिष्ठ पत्रकार गौतम कहले कि सुर्दशन पाण्डे एगो हँसमुख लेकिन निर्भीक पत्रकार रहलन, जे कबहूँ पत्रकारिता के आधारभूत सिद्धांत से समझौता ना कइलन। उ पाण्डे के याद में मिलल सम्मान खातिर धन्यवाद दिहलन।
नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के सचिव रहल पाण्डे के ०८१ भदौ में निधन हो गइल रहे। उनकर स्मृति में स्थापित ई पुरस्कार पहिला बेर प्रदान कइल गइल बा।
कार्यक्रम नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा के अध्यक्ष ओम प्रकाश खनाल के अध्यक्षता में सम्पन्न भइल। एहमें केन्द्रीय सचिव अशोक तिवारी, केन्द्रीय लेखा संयोजक के.सी. लामिछाने, पूर्व केन्द्रीय सचिव दीपेन्द्र चौहान, मधेश प्रदेश अध्यक्ष श्याम बन्नजारा, सामाजिक अभियन्ता कमल चौगाई आ अन्य लोग गौतम के व्यक्तित्व पर चर्चा कइलन। कार्यक्रम के संचालन सचिव बजिय महतो कइले।

