कान्ति लोकपथ अंतर्गत बकैया गाउँपालिका–११ घट्टेपाखा में आजु सबेरे ट्रक दुर्घटना में एक आदमी के मौत हो गइल बा, जबकि दोसरा एक जने घायल हो गइल बाड़े।
जिला प्रहरी कार्यालय के अनुसार, वीरगंज महानगरपालिका–३२ के २० साल के सन्तोष यादव के मौत भइल बा।
गंभीर रूप से घायल ओही जगह के ट्रक चालक ३३ साल के कृष्ण यादव के इलाज खातिर चितवन भेजल गइल बा।

