उदित सूरज के अर्घ्य देवे के साथे एह साल के चैती छठ पर्व खुशियाली आ उत्साह के साथ सम्पन्न हो गइल बा। देश के अलग-अलग जगह के जलाशय में आजु (बुध) सबेरे से ही श्रद्धालु लोग के भीड़ देखे के मिलल।
चैत १० के साँझिया डूबत सूरज के अर्घ्य देवे वाला व्रती लोग आज चैत ११ के सबेरे उदित सूरज के इंतजार करत पवित्र घाट पर पूजा-अर्चना कइली।
छठ के चौथा आ आखिरी दिन आजु सबेरे सूरज निकलला से पहिले ही व्रती लोग कमर तक पानी में खड़ा होके सूर्य देव के आराधना करत देखल गइल। हाथ में ठेकुआ, भुसुवा, केरा आ दोसरा मौसमी फल रखल बाँस के डाला आ नांगल लेके सूरज के किरण देखते ही दूध आ पानी से अर्घ्य चढ़ावल गइल।
अर्घ्य देवे के साथे व्रती लोग ३६ घंटा के कठिन निर्जल व्रत पूरा कइले।
जलाशय के घाट सभ के रंग-बिरंग बत्ती आ झंडा से बढ़िया तरह सजावल गइल रहे। एह पर्व में सूर्य देव आ उनकी बहिन छठी मइया के पूजा करे से परिवार में सुख-समृद्धि आ सेहत मिलेला, अइसन धार्मिक मान्यता बा।
कातिक में मनावल जाए वाला छठ जइसन बहुत बड़ा ना होखे के बावजूद, पिछला कुछ साल में चैती छठ मनावे के परंपरा तेजी से बढ़त जा रहल बा।

