पर्सा के निर्वाचन क्षेत्र नं. १ से निर्वाचित बुद्धि (हरि) प्रसाद पन्त, क्षेत्र नं. २ से निर्वाचित सुशील साह कानु आ बारा के निर्वाचन क्षेत्र नं. ३ से निर्वाचित प्रतिनिधि सभा सदस्य इंजीनियर अरविंद साह समेत ४ जने आपन पद आ गोपनीयता के शपथ भोजपुरी में लेबे जा रहल बाड़ें।
राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के चारों निर्वाचित सदस्य आपन मातृभाषा के सम्मान करत शपथ खातिर भोजपुरी भाषा चुनले बाड़ें। संघीय संसद सचिवालय के ओर से नेपाली के अलावा अन्य मातृभाषा में शपथ लेवे के चाहत राखे वाला सांसद खातिर उपलब्ध समय सीमा के भीतर चारों जनों आपन विवरण भोजपुरी में बुझा दिहले बाड़ें।
वितल फागुन २१ के चुनाव से निर्वाचित प्रतिनिधि सभा सदस्य के शपथ ग्रहण कार्यक्रम आगामी चैत १२ के तय भइल बा। समारोह में नवनिर्वाचित सांसद लोग के पद आ गोपनीयता के शपथ ज्येष्ठ सदस्य अर्जुन नरसिंह केसी द्वारा दिलावल जाई। आपन क्षेत्र आ मातृभाषा के प्रतिनिधित्व करत चारों जने के ई शपथ खास ध्यान आ चाव के विषय बनल बा।

