• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

दूसरा विश्वयुद्ध के बाद के अब तक के सबसे हिंसात्मक दौर के चेतावनी

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ११ गते
A A
दूसरा विश्वयुद्ध के बाद के अब तक के सबसे हिंसात्मक दौर के चेतावनी

दुनिया अब दूसरा विश्वयुद्ध के बाद के सबसे हिंसात्मक दौर से गुजर रहल बा, खासकर मध्यपूर्व के संघर्ष के चलते आम नागरिक के जिनगी पर गम्भीर असर पड़त बा, ई बात संयुक्त राष्ट्र संघ के एगो उच्च अधिकारी बतवले बाड़न।
संयुक्त राष्ट्र संघ के परियोजना सेवा कार्यालय के कार्यकारी निर्देशक जोर्ज मोरेइरा दा सिल्भा कहले बाड़न कि हिंसा आ अस्थिरता के कारण बहुत लोग आपन घर-बार छोड़ के भाग रहल बा आ ई संख्या हर घण्टा बढ़त जा रहल बा।
उ कहले कि मध्यपूर्व के संघर्ष सीमाना पार करत अब दुनिया के अर्थतंत्र पर भी असर डाल रहल बा। तेल, इंधन आ गॅस के कीमत में तेज वृद्धि से ई प्रभाव विश्वव्यापी रूप से महसूस होत बा। खासकर एशिया आ अफ्रीका के विकासशील देश ई से सबसे ज्यादा प्रभावित होखत बाड़ें।
मोरेइरा दा सिल्भा आगाह कइले बाड़न कि एह साल दुनिया भर में भुखमरी के समस्या अउरी गंभीर हो सकेला आ प्रभावित लोग के संख्या करोड़ों तक बढ़ सकेला।
संयुक्त राष्ट्र संघ सब पक्ष से सुरक्षा परिषद के निर्णय लागू करे आ कूटनीतिक आ शान्तिपूर्ण उपाय से संघर्ष खतम करे के अपील कइले बा।
ई कार्यालय अब तक दुनिया के १०० से ज्यादा देश में परियोजना प्रबंधन, खरीदारी आ पूर्वाधार विकास संबंधी सेवा प्रदान करत आइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............