• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result

वीरगंज पब्लिक स्कूल द्वारा कक्षा १० के विद्यार्थी लोग के भव्य विदाई संपन्न

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ११ गते
A A
वीरगंज पब्लिक स्कूल द्वारा कक्षा १० के विद्यार्थी लोग के भव्य विदाई संपन्न

वीरगंज पब्लिक सेकेंडरी स्कूल के कक्षा १० में पढ़त विद्यार्थी लोग के बुध के दिने भव्य समारोह के बीच विदाई दिहल गइल। वीरगंज कॉलेज के सभाहॉल में आयोजित कार्यक्रम में विद्यार्थी लोग के सम्मान करत औपचारिक रूप से विदाई दिहल गइल।
विद्यालय जीवन के एगो महत्वपूर्ण पड़ाव पूरा क के अगिला पढ़ाई खातिर बढ़ रहल विद्यार्थी लोग खातिर आयोजन में भावुक आ उत्साहपूर्ण माहौल देखल गइल। कार्यक्रम में कक्षा १० के विद्यार्थी लोग के योगदान, अनुशासन आ उपलब्धि के चर्चा होत उनकर उज्जवल भविष्य खातिर शुभकामना दिहल गइल।
कार्यक्रम के अध्यक्षता विद्यालय के प्रधानाध्यापक हरीरत्न तुलाधर कइले आ बीपीएस के कार्यकारी निर्देशक युगल किशोर मुख्य अतिथि रहलें। मुख्य अतिथि किशोर विद्यार्थी लोग से अनुशासन, मेहनत आ लक्ष्य प्रति प्रतिबद्ध रहे के सुझाव देत आगामी सफर में सफलता पावे के प्रेरणा दिहलें।
ओकरा अलावा कॉलेज के ब्रांड एम्बेसडर देवेश मानव सेवा, आदर्श स्कूल के राम बिनोद पांडे आ स्कूल के शिक्षक आमोद पांडे समेत लोग भी अपन विचार रखके विद्यार्थी लोग के उज्जवल भविष्य खातिर शुभकामना दिहलें।
कार्यक्रम में कक्षा १० के सभे विद्यार्थी लोग के प्यार के चिन्हासी दिहल गइल। शिक्षक आ विद्यार्थी लोग के बीच के यादगार पल साझा करत कार्यक्रम भावुक बन गइल। कुछ विद्यार्थी लोग अपन स्कूल जीवन के अनुभव बतावत शिक्षक आ अभिभावक प्रति आभार व्यक्त कइले।
साथे-साथ विद्यार्थी लोग अलग-अलग सांस्कृतिक कार्यक्रम भी पेश क के कार्यक्रम के अउरी रंगीन बनवलें। नाच, गीत आ हास्य प्रस्तुति के माध्यम से उ लोग अपन प्रतिभा के प्रदर्शन कइलें।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............