अन्तरिम सरकार के कार्यकाल पूरा कइला के बाद प्रधानमंत्री सुशीला कार्की शुक्कर के दिने सरकारी निवास छोड़ के जा रहल बाड़ी।
पदभार सम्हाले से लेके बालुवाटार स्थित सरकारी निवास में रहत कार्की अब नया सरकार के जिम्मेदारी सौंपे के बाद धापासी स्थित अपन निजी निवास में लौटिहें।
प्रधानमंत्री कार्की नया प्रधानमन्त्री के रूप में राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के वरिष्ठ नेता बालेन शाह शपथ लिहले दिने बालुवाटार के सरकारी निवास छोड़ देइहें।
नया प्रधानमन्त्री के शपथ लेहला के साथे कार्की अपने आप पदमुक्त हो जइहें। नया प्रधानमन्त्री के स्वागत राष्ट्रपति भवन में भइला के बाद कार्की ओहिजा से निजी निवास धापासी के ओर चलिहें।
बालेन शाह चैत १३ गते शुक्कर राष्ट्रपति रामचन्द्र पौडेल के समक्ष प्रधानमन्त्री के शपथ लिहें। उ जेन जी आन्दोलन के बाद भादो २७ के कार्की के प्रधानमन्त्री नियुक्त कइले रहस।
उनकर नेतृत्व वाला सरकार फागुन २१ गते प्रतिनिधिसभा के निर्वाचन सफलतापूर्वक सम्पन्न कइले रहस।
‘नया प्रधानमन्त्री शपथ लेहला के बाद प्रधानमंत्री के सरकारी निवास बालुवाटार छोड़ के निजी निवास में लौट जइहें’, प्रधानमंत्री कार्की के प्रेस सल्लाहकार राम रावल कहलें।
कार्की बालुवाटार स्थित सरकारी निवास से अपन सभ सामान धापासी के निजी निवास में पहले से ही लेगइल बाड़ी। प्रेस सल्लाहकार रावल के अनुसार सामान एक हफ्ता से ही सारल जा रहल बा।
प्रधानमंत्री कार्की के धापासी स्थित निजी निवास कुछ महीना से खाली रहे के कारण फुहर भइल रहे, लेकिन एक हप्ता में सब सफा क के रहे लायक बनावल गइल बा।

