पर्सा में नेकपा एमाले पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली आ रमेश लेखक के गिरफ्तारी के विरोध में एतवार जिला प्रशासन कार्यालय में ज्ञापनपत्र सौंपलस।
पर्सा जिला अध्यक्ष डा. विश्वम्भर शर्मा के नेतृत्व में गइल टोली पर्सा के सिडियो भोला दहाल के ज्ञापनपत्र सौंपलस। ज्ञापनपत्र देत समय अध्यक्ष शर्मा कहलन कि ओली आ लेखक के सूर्यदय से पहिले प्रतिशोधपूर्ण तरीका से गिरफ्तार कइल गइल बा आ उनका तुरन्त रिहा कइल जाव।
शर्मा सरकार पर आरोप लगवले कि ओकरा काम राजनीतिक प्रतिशोध आ पूर्वाग्रह से भरल बा आ सर्वोच्च अदालत के प्रधान न्यायाधिश के नेतृत्व में जांच समिति बनावल जाव।
ए मौके पर नेकपा एमाले मधेश प्रदेश के उपाध्यक्ष बिचारी यादव, सचिव महेश दास, ओविसी के राष्ट्रीय अध्यक्ष तेजप्रकाश निषाद, नेता शम्भु गुप्ता, रिमा यादव, मानदेव हजरा आ सैकड़ों नेता–कार्यकर्ता मौजूद रहलें।
ज्ञापनपत्र सौंपे से पहिले एमाले वीरगंज में मोटरसाइकिल रैली भी निकललस।

