काठमाडौँ । नेकपा एमाले के अध्यक्ष आ पूर्व प्रधानमंत्री केपी शर्मा ओली के पुलिस द्वारा गिरफ्तार कइला के बाद ओकर विरोध में एमाले के नेता आ कार्यकर्ता लोग राजधानी के सड़क पर उतर आइल बा।
जेन–जी आंदोलन के दौरान भइल दमन के आरोप में बीतल शनिचर भक्तपुर से गिरफ्तार कइल गइल अपना शीर्ष नेता के तुरंत रिहाई के मांग करत, एमाले सोमार के काठमाडौँ के माइतीघर से बानेश्वर तक विशाल विरोध जुलूस निकललस।
प्रदर्शनकारी लोग सरकार के एह कदम के राजनीतिक बदला बतावत जोरदार नारा लगवलें। माइतीघर मण्डला में जुटल सैकड़ों कार्यकर्ता जुलूस निकाल के नया बानेश्वर पहुंचलें, जइसन से दिन में कुछ देर खातिर उ इलाका के यातायात व्यवस्था भी प्रभावित हो गइल।
आंदोलन के देशभर में फैलावे के चेतावनी
एमाले कहले बा कि अपना अध्यक्ष के गिरफ्तारी लोकतांत्रिक मूल्य आ राजनीतिक संस्कार पर हमला ह, आ एही कारण आंदोलन के देशभर में फैलावल जाई। जिला अदालत काठमाडौँ द्वारा ओली के पाँच दिन के हिरासत में रखके जांच करे के अनुमति देवे के बाद पार्टी के आक्रोश अउरी बढ़ गइल बा।
एक ओर सर्वोच्च अदालत में बंदी प्रत्यक्षीकरण के रिट पर सुनवाई चल रहल बा, त दुसर ओर सड़क पर कार्यकर्ता लोग के दबाव लगातार बढ़त जा रहल बा।
बानेश्वर में भइल छोट सभा में नेता लोग आरोप लगवलें कि सरकार सोच-समझ के विपक्षी नेता लोग के निशाना बना रहल बा। उ लोग चेतावनी देले बा कि अगर हालात में सुधार ना भइल, त आंदोलन अउरी तेज आ उग्र रूप ले सकेला।

