जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा बड़ा मात्रा में लागुऔषध गांजा के साथ तीन भारतीय नागरिक के गिरफ्तार कइले बा। उ लोग के वीरगंज महानगरपालिका–१६ स्थित शंकराचार्य गेट के नजदीक से पकड़ल गइल बा।
प्रहरी चौकी इनर्वा से खटाइल नियमित चेकिंग टीम, वीरगंज से रक्सौल तरफ पैदल जात लोग के शक के आधार पर तलाशी लेलस। तलाशी के दौरान उ लोग अपना पेट आ छाती में लाल प्लास्टिक में नीला डोरी से बाँध के छुपा के ले जात गांजा बरामद भइल, पुलिस बतवले बा।
गिरफ्तार होखे वाला लोग में भारत के बिहार राज्य के बेतिया जिला बगाहा–रतनमाला के 39 साल के जाबेद अन्सारी, बसवरिया–धुनियापट्टी के 24 साल के महमद रजिश, आ छाउनी के 28 साल के महमद गरीब शामिल बाड़ें।
पुलिस के अनुसार, उ लोग के पास से कुल 7 किलो 692 ग्राम गांजा बरामद भइल बा। गिरफ्तार तीनों आदमी के हिरासत में लेके लागुऔषध मामला में आगे के जांच जारी बा, एह बारे में जिला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता आ प्रहरी नायब उपरीक्षक हरि बहादुर बस्नेत जानकारी देले बाड़ें।

