काठमाडौं । प्रतिनिधि सभा के बिअफे के बैठक में गृहमंत्री सुधन गुरुङ चुनाव प्रणाली आ राष्ट्रीय सुरक्षा से जुड़ल दू गो महत्वपूर्ण अध्यादेश सदन में पेश कइलन।
मंत्री गुरुङ मतदाता नामावली ऐन २०७३ में संशोधन खातिर लावल गइल मतदाता नियमावली संशोधन अध्यादेश पेश कइलन। एह अध्यादेश के मकसद खास करके ऐन के दफा ४ के उपदफा २ में रहल प्रावधान के समय अनुसार अपडेट कइल आ मतदाता पंजीकरण प्रक्रिया के अउरी व्यवस्थित बनावल बा।
एहिसे अलावा, गृहमंत्री देश के आंतरिक सुरक्षा आ गुप्तचर तंत्र के मजबूत बनावे खातिर “नेपाल विशेष सेवा ऐन संशोधन अध्यादेश” भी सदन में पेश कइलन।
नया चुनाव के बाद बदलत राजनीतिक संतुलन के बीच सरकार एह अध्यादेश सभ के माध्यम से कानूनी जटिलता दूर करे के कोशिश करत बा। वर्तमान सदन में राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी के भारी बहुमत रहल से, एह प्रस्ताव पर होखे वाला आगे के बहस आ प्रक्रिया से चुनाव व्यवस्था आ सुरक्षा निकाय के कामकाज पर दूरगामी असर पड़े के उम्मीद कइल जा रहल बा।

