सेढवा । नेपाल सरकार के शिक्षा, विज्ञान आ प्रविधि मंत्रालय द्वारा चलावल जा रहल एकीकृत शैक्षिक व्यवस्थापन सूचना प्रणाली (IEMIS) में आइल दिक्कत के कारण पर्सा जिला के सामुदायिक आ निजी स्कूल के शिक्षक लोग परेशानी में पड़ गइल बा।
स्कूल के शैक्षिक, आर्थिक आ भौतिक गतिविधि से जुड़ल सभे जानकारी IEMIS के माध्यम से अपडेट करे के रहे, बाकिर चालू शैक्षिक सत्र के आखिर में सर्वर ठीक से काम ना करे से शिक्षक आ प्रधानाध्यापक लोग के रोजाना कामकाज प्रभावित हो रहल बा।
जगरनाथपुर गाउँपालिका वार्ड नं. ३ स्थित श्री बाबा बैद्यनाथ माध्यमिक विद्यालय, गढैया के शिक्षक मोहन साह के कहनाम बा कि IEMIS ना खुलला से नियमित काम में दिक्कत हो रहल बा। उहाँ बतवलन कि सबेरे आ साँझिया कुछ समय खातिर ही सर्वर चलत बा, जवन से कार्यालय समय में काम ना हो पावत आ तनाव बढ़ जात बा।
ओही तरह, ठोरी गाउँपालिका वार्ड नं. ५ स्थित साखुवाटी आधारभूत विद्यालय, सुवर्णपुर के प्रधानाध्यापक अमृत श्रेष्ठ कहले कि IEMIS के माध्यम से शिक्षक-कर्मचारी के तलब भत्ता माँग, विद्यार्थी के नंबर एंट्री आ नतीजा प्रकाशन जइसन जरूरी काम प्रभावित हो रहल बा। सबेरे-साँझ काम करे में शिक्षक लोग घर पर रहेला, जवन से समन्वय करे में कठिनाई होत बा।
एह बीच, पटेर्वासुगौली गाउँपालिका के आईटी आ शिक्षा अधिकृत सोलेन्द्र पञ्जियार बतवलन कि पूरा देश के स्कूल एके सर्वर इस्तेमाल करत बा, एह वजह से सिस्टम में समस्या आ रहल बा। उहाँ कहले कि IEMIS से नतीजा प्रकाशन, विद्यार्थी स्थानांतरण, छात्रवृत्ति वितरण आ दिवा खाजा कार्यक्रम चलावल जाला, एहसे सर्वर के अउरी मजबूत बनावल बहुत जरूरी बा।

