वीरगंज— सरकार अब सरकारी विज्ञापन आ सूचना केवल गोरखापत्र, रेडियो नेपाल आ नेपाल टेलिभिजन जइसन सरकारी मिडिया में ही प्रकाशित आ प्रसारित करे के नया निर्देशन जारी कइले बा, जवना के नेपाल पत्रकार महासंघ कड़ा आपत्ति जनावत आंदोलन के चेतावनी दिहलस।
प्रधानमंत्री आ मन्त्रिपरिषद् कार्यालय चैत १८ के सचिवस्तरीय निर्णय से संघ, प्रदेश आ स्थानीय तह के सभ सार्वजनिक निकाय के आदेश दिहलस कि आपन विज्ञापन केवल सरकारी मिडिया में सीमित करस। सरकार कहले बा कि एहसे सरकारी खर्च में मितव्ययिता आ सूचना प्रवाह में एकरूपता आई, बाकिर निजी मिडिया पर निर्भर विज्ञापन घटला से संचार क्षेत्र में आक्रोश बढ़ गइल बा।
महासंघ के अध्यक्ष निर्मला शर्मा कहलिन कि एह कदम से प्रेस आ अभिव्यक्ति के स्वतन्त्रता पर रोक लगावे के कोशिश हो रहल बा। उहाँ निजी मिडिया के भूमिका याद दिलावत बिना सरोकारवालासंगे छलफल कइले निर्णय लावल गइल बा, जे तुरंत सच्यावल जाए के मांग कइलिन। उहाँ चेतावनी दिहलीं कि निर्णय फिर्ता ना भइल त देशभर सशक्त आंदोलन शुरू होई।
सरकार भुक्तानी प्रक्रिया के आधिकारिक खातामें ही सीमित कइले बा आ छुटदर स्वीकृत करे के प्राविधिक व्यवस्था लागू कइले बा, जवन अंततः नेपाली मिडिया जगत में बड़ा हलचल पैदा कइले बा।

