वीरगंज — विश्व हिन्दू परिषद के अगुवाई में हनुमान जन्मोत्सव के अवसर पर वीरगंज में २१ गते शनिचर के दुपहरिया १ बजे बड़का शोभा यात्रा निकाले के योजना बा।
शोभा यात्रा वीरगंज–६ स्थित माइस्थान से शुरू होखी आ श्री गहवामाई तीर्थ क्षेत्र विकास समिति के नेतृत्व में आयोजित होखी। कार्यक्रम के व्यवस्थित संचालन खातिर संयोजक ओशन गुप्ता के अगुवाई में विशेष टीम बनावल गइल बा।
“मम दिक्षा हिन्दू रक्षा स् मम मन्त्र समानता” नारा के साथ आयोजित एह कार्यक्रम में बुद्धिजीवी, युवा आ महिला लोग के उल्लेखनीय सहभागिता के उम्मीद बा। आयोजक लोग सभके आह्वान कइले बा कि कार्यक्रम के भव्य आ व्यवस्थित बने खातिर सभे हिस्सा लेव लोग।

