पर्सा जिला के पोखरिया स्थित मालपोत कार्यालय परिसर से पुलिस तीन गो दलालन के गिरफ्तार कइले बा। शुक के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया से निकलल पुलिस टीम सेवाग्राहियन के परेशान करे के आरोप में ऊ लोग के पकड़ले बा।
अभी तक गिरफ्तार भइल लोगन के नाम सार्वजनिक नइखे कइल गइल। इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक प्रदीप पौडेल के अनुसार, ई लोग बिना जरूरत कार्यालय में घुस के सेवाग्राही लोग के परेशान करत रहल, जवन के शिकायत मिलला पर पुलिस कार्रवाई कइलस।
उहाँ ई भी बतवलन कि कार्यालय के भीतर एह तरह के गतिविधि बढ़े लागल रहे, एहसे पुलिस के तैनात कइल गइल। गिरफ्तार तीनों आदमी फिलहाल इलाका प्रहरी कार्यालय में रखल बाड़ें आ उनकर जांच जारी बा।
प्रहरी निरीक्षक पौडेल के मुताबिक, पकडल गइल लोग अपना के लेखापढ़ी व्यवसायी बतावत बा। पुलिस अब एह दावा के सच्चाई के जांच करत बा।

