वीरगंज — ६९वाँ राष्ट्रिय सहकारी दिवस के मौका पर को–अपरेटिभ म्यानेजर्स क्लब पर्सा द्वारा आयोजित खुला रक्तदान कार्यक्रम शुक के सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल। “उद्यमशीलता आ पारदर्शिता सहकारी के प्राथमिकता, आ व्यवस्थापकन के क्षमता सहकारी संस्था में एकरूपता” के मूल नारा के साथ ई कार्यक्रम माईस्थान मन्दिर के प्रांगण में आयोजित भइल।
रक्त सञ्चार केन्द्र के प्राविधिक मदद से ई कार्यक्रम में ९ गो महिला समेत कुल ६१ लोगन रक्तदान कइले। कार्यक्रम के अध्यक्षता क्लब के अध्यक्ष चन्देश्वर प्रसाद चौतरिया कइले आ वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख राजेशमान सिंह प्रमुख अतिथि रहलन।
कार्यक्रम के संबोधन करत नगर प्रमुख सिंह कहलन कि को–अपरेटिभ म्यानेजर्स क्लब पर्सा सामाजिक क्षेत्र में जे योगदान दिहले बा, ऊ प्रशंसनीय बा। रगतदान जइसन मानवीय कार्य में क्लब के सक्रियता सराहनीय बा आ भविष्य में एह तरह के सामाजिक गतिविधियन के निरंतरता बनवले राखे के आग्रह कइले। साथे-साथे सहकारी संस्थन से कहलन कि ऊ सिर्फ बचतकर्तन के रकम के प्रबंधन ना करे, बलुकी सामाजिक जिम्मेदारी भी निभावे के चाहीं।
कार्यक्रम में रवि भूषण श्रीवास्तव, अशोक कुमार, आरती सिंह, सुमित्रा, मुस्कान कुमारी, इन्दु रञ्जितकार, दीपिका श्रेष्ठ, इस्यु श्रेष्ठ, अमिता प्रधान, राजु लामा, सोनम श्रेष्ठ, नारायण सिंह, अनिल पटेल, अशोक चौधरी, आर्यन मण्डल समेत अनेक लोगन रक्तदान कइले।
कार्यक्रम में क्लब के उपाध्यक्ष रामबाबु चौधरी, सचिव दिपेन्द्र श्रेष्ठ, कोषाध्यक्ष किरण ठाकुर, राजेन्द्र जैसवाल, डिके जैसवाल, नेपाल रेकर्ड सोसाइटी पर्सा के अध्यक्ष ब्रिजकिशोर पटेल, जिल्ला बचत ऋण सहकारी सङ्घ के अध्यक्ष हरेराम पटेल आ अलग-अलग सहकारी संस्थन के पदाधिकारी, कार्यकारी अधिकृत आ कर्मचारी लोगन के उल्लेखनीय उपस्थिति रहल।
रक्त सञ्चार केन्द्र के प्राविधिक प्रमुख सौरभ पाण्डे के नेतृत्व में नितेश यादव, मिथिले शाह, सन्तोष पटेल, सन्नी यादव, राजेन्द्र भट्टराई आ टीम प्राविधिक सहयोग प्रदान कइले।

