वितल २३ आ २४ भादो के घटना के छानबिन खातिर बनल जाँचबुझ आयोग के प्रतिवेदन जिला प्रहरी परिसर काठमाडौं पहुंच गइल बा।
पूर्वन्यायाधीश गौरीबहादुर कार्की के नेतृत्व में बनल ई प्रतिवेदन के कार्यान्वयन करे के फैसला सरकार कइले रहे। ओकरा बाद प्रधानमंत्री आ मन्त्रिपरिषद् कार्यालय से गृहमन्त्रालय के पास पठावल गइल।
गृहमन्त्रालय ई प्रतिवेदन के कार्यान्वयन खातिर प्रहरी प्रधान कार्यालय के जिम्मा दिहलस। प्रहरी प्रधान कार्यालय से काठमाडौं उपत्यका प्रहरी कार्यालय रानिपोखरी होत जिला प्रहरी परिसर काठमाडौं पहुंच गइल।
परिसर काठमाडौं के प्रवक्ता आ एसपी पवनकुमार भट्टराई कहलन, “प्रतिवेदन हमनी के लगे आके पुग गइल बा। अब एकर कार्यान्वयन के चरण शुरू होखी।”
ई प्रतिवेदन के कार्यान्वयन के निर्णय भइला के साथे शनिचर सबेरे पूर्वप्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली आ पूर्वगृहमन्त्री रमेश लेखक के गिरफ्तार करल गइल।
अन्य सुरक्षा सम्बन्धी मामिला में फेरु छानबिन भइला के बाद कारबाही होखी। कार्की आयोग जनेजी आन्दोलन में भइल हत्या घटना से जुड़ल रहे के आधार पर ओली–लेखक पर ज्यान सम्बन्धी कसूर में कारबाही करे के सिफारिस कइले रहे।

