प्रतिनिधि सभा के नया सभामुख पर राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के उपसभापति डीपी अर्याल निर्विरोध चुनल गइल बाडें।
संसद सचिवालय आजु सबेरे ११ बजे से दुपहर २ बजे तक उम्मेदवारी दर्ता के समय तय कइले रहे, आ ओ समय सीमा के भीतर खाली अर्याल के एकल उम्मेदवारी भइल, जेसे ऊ निर्विरोध चुनल गइल बाडें।
रास्वपा के संसद में करीब दू तिहाई बहुमत रहे के कारण विपक्षी दल अर्याल के खिलाफ कोई उम्मेदवारी ना दर्ता कइले, आ एह से उनकर निर्विरोध निर्वाचित होखल तय भइल।
अर्याल के प्रस्तावक रास्वपा के सभापति रवि लामिछाने रहलन, जबकि समर्थक में अर्थमंत्री स्वर्णिम वाग्ले, कानूनमंत्री सोविता गौतम आ भौतिक पूर्वाधार मन्त्री सुनिल लम्साल शामिल रहलन।
अब आवेवाला एतवार के प्रतिनिधि सभा के बैठक में अर्याल के सभामुख पद पर निर्वाचित होखेके औपचारिक घोषणा कइल जाई।

