• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

नेशनल मेडिकल कॉलेज, वीरगंज द्वारा “Run for Health, Run for Life” हेल्थ मैराथन सफलतापूर्वक सम्पन्न

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २१ गते
A A
नेशनल मेडिकल कॉलेज, वीरगंज द्वारा “Run for Health, Run for Life” हेल्थ मैराथन सफलतापूर्वक सम्पन्न

वीरगंज — नेशनल मेडिकल कॉलेज आ शिक्षण अस्पताल द्वारा “Run for Health, Run for Life” नारा के साथ आयोजित हेल्थ मैराथन आज सफलतापूर्वक सम्पन्न हो गइल। ई कार्यक्रम स्पोर्ट्स वीक 2082 के तहत आयोजित कइल गइल रहे।
स्वास्थ्य के प्रति जागरूकता बढ़ावे के उद्देश्य से आयोजित एह मैराथन में विद्यार्थी, शिक्षक, स्वास्थ्यकर्मी आ स्थानीय लोग के बढ़िया सहभागिता रहल। कार्यक्रम बिहान 6:30 बजे शुरू भइल आ 7:00 बजे आधिकारिक रूप से फ्लैग ऑफ कइल गइल।
कार्यक्रम के अध्यक्षता प्रबंध निर्देशक शहनवाज अंसारी कइलन। मुख्य अतिथि के रूप में सशस्त्र प्रहरी बल (APF) 13 गण के एसपी मोहन बहादुर क्षेत्री मौजूद रहलें। विशिष्ट अतिथि के रूप में वीरगंज आर्मी बैरक प्रमुख लोकेन्द्र कार्की, जिला ट्रैफिक प्रमुख आ पर्सा खेलकुद विकास समिति के रेफरी विशेश्वर पटेल शामिल रहलें।
कार्यक्रम में एडमिशन अफेयर्स एंड मार्केटिंग डायरेक्टर अबिद हुसैन अंसारी, अस्पताल निर्देशक डा. इशरत जहाँ अंसारी, प्रमुख सूचना अधिकृत प्रदीप कुमार चौधरी समेत कई गणमान्य लोग के उपस्थिति रहल। साथे मार्केटिंग, प्रशासन आ सञ्चारकर्मी लोग के भी सक्रिय सहभागिता देखे के मिलल।
मैराथन के सुरक्षित आ व्यवस्थित बनावे खातिर राष्ट्रीय एथलेटिक्स प्रशिक्षक विशेश्वर पटेल द्वारा वार्मअप आ सुरक्षा संबंधी निर्देश दिहल गइल। सहभागी लोग के सुरक्षा खातिर एस्कर्ट टीम, ट्रैफिक समन्वय आ एम्बुलेंस सेवा (चलंत आ स्टैंडबाय) के पुख्ता व्यवस्था कइल गइल रहे।
मैराथन मार्ग पर अलग-अलग जगह सहायता केन्द्र बनावल गइल रहे, जहाँ से सहभागी लोग के प्राथमिक उपचार, पानी आ जरूरी सहयोग उपलब्ध करावल गइल।
कार्यक्रम के समापन NMCTH (गोलम्बर नं. 2 – बास्केटबल कोर्ट) में भइल, जहाँ पदक वितरण कार्यक्रम आयोजित कइल गइल। प्रतियोगिता में पुरुष वर्ग में अनिल श्रेष्ठ पहिले, स्यामसन श्रीस दुसरे आ सन्जु सिंह बस्नेत तिसरे स्थान पर रहलें। महिला वर्ग में बिपना पहिले, अलिशा खातिन दुसरे आ करुणा तिसरे स्थान हासिल कइली। फ्याकल्टी वर्ग में डा. प्रशान्त ठाकुर पहिले, डा. विशाल दुसरे आ डा. आदित्य राज तिसरे स्थान पर रहलें। स्टाफ वर्ग में सगीर हुसैन पहिले, सञ्जय दुसरे आ धनञ्जय मण्डल तिसरे स्थान पर रहलें।
नेशनल मेडिकल कॉलेज आ शिक्षण अस्पताल, वीरगंज लगातार स्वास्थ्य सेवा, शिक्षा आ सामाजिक जिम्मेदारी के माध्यम से समाज प्रति अपना प्रतिबद्धता निभावत आ रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............