अफगानिस्तान में शुक के साँझिया के 5.8 म्याग्निच्युड के जोरदार भूकंप आइल। अफगानिस्तान राष्ट्रीय विपद प्रबंधन प्राधिकरण के प्रवक्ता मोहम्मद युसुफ हम्माद के मुताबिक एह भूकंप में कम से कम आठ लोग के मौत हो गइल बा।
भूकंप के झटका काबुल प्रांत में भी महसूस कइल गइल। उहाँ एक घर पूरा तरह से गिर गइल, जहवाँ आठ लोग के मौत हो गइल आ एक बच्चा घायल हो गइल बा।
कंपन के असर शहर में भी महसूस कइल गइल, जवन से स्थानीय लोग में काफी डर आ दहशत फैल गइल। जानकारी के अनुसार भूकंप के केंद्र 186.4 किलोमीटर गहराई में रहल। शुरुआती आंकड़ा मुताबिक एकर एपिसेंटर 36.55 डिग्री उत्तर अक्षांश आ 70.85 डिग्री पूर्व देशांतर पर रहल।
गहराई ज्यादा होखे के कारण सतह पर नुकसान सीमित रहे के अनुमान लगावल जा रहल बा, लेकिन घर गिरल आ लोग के मौत से घटना के गंभीरता साफ दिखाई दे रहल बा। एह भूकंप से स्थानीय लोग के जीवन पर बड़ा असर पड़ल बा।
प्रभावित इलाका में राहत आ बचाव कार्य तुरंत शुरू कर दिहल गइल बा। स्थानीय अधिकारी लोग पीड़ितन के सुरक्षित जगह पर पहुंचावे आ घायल लोग के इलाज करावे पर ध्यान दे रहल बा।
खास करके काबुल आ उत्तरी प्रांतन में भूकंप के असर ज्यादा देखाई दे रहल बा, एह से प्रशासन लोग जनता से सतर्क रहे आ जरूरी सावधानी अपनावे के अपील कइले बा।

