नेपाल सरकार इन्धन खपत कम करे के उद्देश्य से आजु से पूरा देश में सरकारी दफ्तरन के कामकाज के समय बदल देले बा। एतवार के मंत्रिपरिषद बैठक में भइल फैसला आ राजपत्र में प्रकाशित सूचना अनुसार, अब शैक्षिक संस्था के छोड़के बाकी सभे सरकारी कार्यालय बिहान 9 बजे से साँझ 5 बजे तक चली।
मध्यपूर्व में जारी युद्ध के कारण विश्व बजार में पेट्रोलियम पदार्थ के दाम तेजी से बढ़ गइल बा, जेकरे चलते देश में संकट के स्थिति बनत देखाई दे रहल बा। एह हालात के देखते सरकार एतवार आ शनिचर, दूनो दिन सार्वजनिक छुट्टी देवे के निर्णय भी लागू कइले बा।
नया कार्यतालिका अनुसार, वैशाख से कात्तिक 15 गते तक सरकारी दफ्तर बिहानिया 9 बजे से साँझ 5 बजे तक खुली। जबकि कात्तिक 16 गते से माघ 15 गते तक दफ्तर साँझ 4 बजे ही बंद हो जाई।
सरकार के एह निर्णय के पालन करत नेपाल राष्ट्र बैंक भी बैंक आ वित्तीय संस्थान खातिर नया समय निर्धारण कइले बा। राष्ट्र बैंक के परिपत्र अनुसार अब बैंक एतवार से बिअफे तक बिहानिया 9 बजे से 4 बजे तक आ शुक के बिहानिया 9 बजे से 3 बजे तक खुली।
इन्धन के बढ़त मांग आ वैदेशिक मुद्रा भंडार पर पड़त दबाव कम करे खातिर सरकार ई महत्वपूर्ण कदम उठवले बा।

