हेटौँडा सिमेन्ट उद्योग के परिसर में उद्योग क्षेत्र के साफ, व्यवस्थित आ सुरक्षित बनावे के उद्देश्य से झाड़ी सफाई अभियान चलावल गइल। एह अभियान में प्रमुख जिला अधिकारी बसन्त अधिकारी समेत कई गो सम्बन्धित निकाय के प्रतिनिधि आ अभियानकर्मी लोग सक्रिय रूप से हिस्सा लिहलें।
अभियान के दौरान उद्योग परिसर में फैलल झाड़ी, घाँस आ दोसर अव्यवस्थित वनस्पति के हटावल गइल। एहसे उद्योग क्षेत्र के सुन्दरता बढ़े के साथ-साथ आगलागी जइसन संभावित खतरा कम होखे के उम्मीद जतावल जा रहल बा।
कार्यक्रम में बोलत प्रमुख जिला अधिकारी बसन्त अधिकारी कहनी कि उद्योग के फेर से मजबूत आ प्रभावी ढंग से चलावे खातिर सरकार प्रतिबद्ध बा। ऊ बतवनी कि उद्योग के दिगो, पारदर्शी आ प्रतिस्पर्धी बनावे खातिर जरूरी सुधार के काम आगे बढ़ावल जाई।
उन्होने जोर देके कहनी कि उद्योग परिसर के नियमित सफाई आ व्यवस्थापन में सभे सरोकार वाला लोग के सहयोग बहुत जरूरी बा। स्थानीय बासिंदा आ सम्बन्धित पक्ष भी ई कहले कि एह सफाई अभियान से उद्योग के प्रति सकारात्मक संदेश गइल बा आ अइसन काम लगातार होखे के चाहीं।

