नेपाल सरकार सरकारी कार्यालय आ शैक्षिक संस्थान में शनिचर आ एतवार छुट्टी देवे के फैसला कइले बा। एतवार के मंत्रिपरिषद बैठक में ई निर्णय भइल, जवना के जानकारी प्रवक्ता सस्मित पोखरेल दिहले।
ओही समय शैक्षिक संस्थान छोड़के बाकी सरकारी दफ्तर के समय बिहान ९ बजे से साँझ ५ बजे तक कायम कइल गइल बा।

