नेपाल लेयर्स मुर्गी पालक संघ एतवार से लागु होखे वाला अंडा के नया समर्थन बिक्री मूल्य जारी कइले बा। नया मूल्यसूची अनुसार सभे आकार के अंडा में प्रति क्रेट १५ रुपया के बढ़ोतरी भइल बा।
संघ के जानकारी अनुसार अब सबसे बड़का एक्सएल अंडा के फार्म मूल्य (थोक मूल्य) प्रति क्रेट ४७५ रुपया भइल बा, जे पहिले ४६० रुपया रहे।
एही तरह, पहिले ४३५ रुपया में बिकत बड़का अंडा के दाम अब ४५० रुपया भइल बा, जबकि ३८५ रुपया में बिकत मिडियम अंडा के दाम ४०० रुपया तय भइल बा।
संघ सचिव मदन पोखरेल कहले कि किसानन से लगातार चर्चा आ कार्यसमिति के फैसला के अनुसार बजार स्थिर राखे आ किसानन के बढ़ल उत्पादन लागत सुरक्षित करे खातिर मूल्य समायोजन जरूरी रहे।
ई मूल्य चितवन के आधार पर तय कइल गइल बा, फार्म से खरिद करे पर लागू होई। संघ साफ कइले बा कि चितवन से देश के दोसर सहर के डिपो तक अंडा पहुँचावे में भाड़ा, कार्टुन आ क्रेट खर्च मिलाके प्रति क्रेट १४५ रुपया अउरी लागत लागी।

