वीरगंज। पर्सा जिला के अलग-अलग सरकारी कार्यालय में काम करे वाला लेखापढी व्यवसायी लोग सोमार से आपन सेवा रोक के आंदोलन में उतर गइल बाडें।
नया सरकार बनला के बाद पुलिस अलग-अलग सरकारी कार्यालय से दलालन के आरोप में धरपकड़ शुरू कइले रहल, जवना के विरोध में ऊ लोग अनिश्चितकालीन हड़ताल पर गइल बाडें। बीतल शुक के पर्सा के पोखरिया मालपोत कार्यालय से पुलिस दलालन बनला के आरोप में तीन लोग के गिरफ्तार कइला के बाद आंदोलन अउरी तेज हो गइल।
नेपाल लेखापढी कानुन व्यवसायी एसोसिएसन पर्सा के बुलावा पर जिला के मालपोत, नापी, भूमीसुधार, अदालत आ जिल्ला प्रशासन कार्यालय में काम करे वाला लेखापढी व्यवसायी लोग हड़ताल में शामिल भइल बा। एसोसिएसन पर्सा के अध्यक्ष सुरेन्द्र प्रसाद यादव के अनुसार एतवार के बैठक में सरकार आ पुलिस प्रशासन के तरीका के विरोध में आंदोलन शुरू करे के फैसला भइल।
अध्यक्ष यादव कहलन कि लेखापढी व्यवसायी लोग के बिना कारण कार्यालय भीतर आ बाहर से गिरफ्तार कइल गइल बा। नेपाल सरकार के नियम अनुसार भु–सेवा केन्द्र के अनुमति लेकर कानूनी रूप से काम करत रहे वाला लोग पर अलग-अलग बहाना बनाके धरपकड़ कइल गइल खेदजनक बा।
ओह लोग के मांग बा कि अलग-अलग जिला से गिरफ्तार भइल लेखापढी व्यवसायी लोग के तुरंत रिहा कइल जाव। पर्सा जिला में भु–सेवा केन्द्र चलावे के इजाजतपत्र लेले 121 लोग आ लेखापढी व्यवसायी के इजाजतपत्र लेले 400 से अधिक व्यवसायी बा लोग।
हड़ताल के कारण सेवाग्राही लोग प्रभावित भइल बा आ संबंधित सरकारी कार्यालय के सेवा पर असर पड़ल बा।

