कपिलवस्तु के महाराजगन्ज नगरपालिका–२ बरगदा में चैत ७ के दिन दू धर्म समुदाय के बीच भइल झड़प में पुलिस के गोली लागके घायल भइल एक युवक के उपचार दौरान मौत भइला पर उनका शहीद घोषित करे के मांग उठल बा।
झड़प में पेट में गोली लागके गंभीर घायल भइल महाराजगन्ज नगरपालिका–भुटहनिया के २२ साल के जितेन्द्र यादव के चितवन मेडिकल कॉलेज में इलाज के दौरान सोमार के सबेरे मौत हो गइल।
उनकर मौत के बाद हिन्दुवादी संगठन राष्ट्रिय एकता दल विज्ञप्ति जारी क के यादव के शहीद घोषित करे खातिर सरकार से मांग कइले बा।
संगठन के अध्यक्ष विनय यादव के जारी विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि मृतक के तुरत शहीद घोषित कइल जाव, परिवार के उचित मुआवजा दिहल जाव आ जीवनभरि पालन-पोषण के व्यवस्था कइल जाव। साथे ही, घटना में शामिल पुलिसकर्मी पर निष्पक्ष छानबिन क के कारवाही कइल जाव आ धार्मिक आस्था उपर हमला करे वाला दोषी लोग के गिरफ्तार कइल जाव।
विज्ञप्ति में सरकार से देशभर में धार्मिक सद्भाव कायम करे खातिर प्रभावकारी कदम उठावे के भी निहोरा कइल गइल बा। अध्यक्ष यादव कहलन कि शान्तिपूर्ण आन्दोलन में हिस्सा लेवे वाला नागरिक पर गोली चलावल लोकतान्त्रिक मूल्य आ मान्यताको सीधा उल्लंघन ह, आ ई घटना कड़ा शब्द में निन्दा के पात्र बा।
घटना के बाद क्षेत्र में तनाव बढ़ल बा आ स्थानीय प्रशासन शान्ति आ सुरक्षा कायम करे खातिर ज्यादा सतर्कता बरत रहल बा।

