• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

गृह मन्त्रालय में ‘सेन्ट्रल कमान्ड सिस्टम’ स्थापित होखे जा रहल, ७७ गो जिला से सीधा संपर्क होई

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २४ गते
A A
फेवा किनारा के जमीन विवाद: गृहमंत्री गुरुङ के खुद ठगाइल दावा आ अदालत जाए के तैयारी

मुलुक में शांति सुरक्षा आ अपराध नियंत्रण के अउरी मजबूत आ प्रविधि से जुडाल बनावे खातिर गृह मन्त्रालय ‘सेन्ट्रल कमान्ड सिस्टम’ बनावे जा रहल बा। सोमारीए के गृह मन्त्रालय में भइल उच्च व्यवस्थापन समूह के बैठक में गृहमन्त्री सुधन गुरुङ ई सिस्टम के काम तुरंत शुरू करे के निर्देश देले बाड़न।
एह नया सिस्टम से मन्त्रालय अब देश भर के ७७ गो जिला प्रशासन कार्यालय, जिल्ला प्रहरी कार्यालय आ सशस्त्र प्रहरी बल के यूनिट से एके बेर में सीधा सम्पर्क कर सकेला। एह से केन्द्र से जिला के हालत के सीधा निगरानी होई आ जरूरी जानकारी तुरन्त आदान-प्रदान हो सकेला। बैठक में गृहमन्त्री गुरुङ कहलन कि परम्परागत सुरक्षा व्यवस्था के प्रविधि से जोड के अउरी मजबूत बनावल जरूरी बा।
अब आम जनता के पुलिस में दर्ज कइल शिकायत आ जाहेरी के स्थिति जाने खातिर बार-बार कार्यालय जाए के जरूरत ना रही। नया व्यवस्था में फोन, एसएमएस या इमेल के माध्यम से नियमित रूप से अपडेट भेजल जाई। “जनता के न्याय खातिर आवेदन देला के बाद बार-बार पुलिस दफ्तर धावे के झंझट खत्म करे खातिर ई सिस्टम लावल जा रहल बा,” गृहमन्त्री गुरुङ कहलन। नेपाल पुलिस एह बारे में आपन मातहत कार्यालय सभ के निर्देश दे चुकल बा, आ गृहमन्त्री साप्ताहिक रिपोर्ट मन्त्रालय में पेश करे के भी आदेश देले बाड़न।
मन्त्रालय आ ओकर मातहत निकाय के कामकाज पर जनता के ओरहन सुने खातिर अलग से ‘कल सेंटर’ भी बनावल जाई। बैठक में सभे कार्यालय प्रमुख के निर्देश दिहल गइल कि जनता के ओरहन के समाधान खातिर मौजुदा व्यवस्था के सक्रिय बनावल जाव।
गृहमन्त्री गुरुङ आपन पदभार ग्रहण करत घरी कइल ‘भ्रष्टाचार पर शून्य सहनशीलता’ के प्रतिबद्धता फेरु दोहरवले आ कहलन कि एह नीति के नीचे तक के कर्मचारी आ सुरक्षाकर्मी सभ पर सख्ती से लागू कइल जाव। गृह प्रवक्ता आनन्द काफ्ले के मुताबिक गृहमन्त्री साफ निर्देश देले बाड़न कि सुधार के काम “काल्ह ना, आजे आ अभी” से शुरू होखे के चाहीं। एह बैठक में गृह सचिव राजकुमार श्रेष्ठ समेत तीनों सुरक्षा निकाय आ विभाग के प्रमुख लोग मौजूद रहलें।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............