• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

सरकारी विज्ञापन रोके के फैसला के खिलाफ प्रेस यूनियन देश भर में आंदोल करी

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २४ गते
A A
सरकारी विज्ञापन रोके के फैसला के खिलाफ प्रेस यूनियन देश भर में आंदोल करी

नेपाल प्रेस यूनियन सरकारी विज्ञापन के निजी मीडिया में छपाई–प्रसारण पर रोक लगावे के सरकारी फैसला के विरोध में देशभर में अन्तरक्रिया कार्यक्रम चलावे के घोषणा कइले बा।
यूनियन के महासचिव दिलीप पौडेल द्वारा जारी सर्कुलर में सभे प्रदेश, जिला आ संस्थागत शाखा के अगिला ७ दिन के भीतर अन्तरक्रिया कार्यक्रम आयोजित करे आ ओकर रिपोर्ट केंद्र में भेजे के निर्देश दिहल गइल बा।
प्रधानमंत्री आ मंत्रिपरिषद् कार्यालय द्वारा हाल में जारी निर्देश अनुसार अब हर तरह के सरकारी विज्ञापन, सूचना आ सार्वजनिक खरिद से जुड़ल जानकारी खाली सरकारी स्वामित्व वाला मीडिया में ही छपे आ प्रसारित होई।
यूनियन के अनुसार ई फैसला से निजी आ स्वतंत्र मीडिया पर गंभीर आर्थिक संकट आई, रोजगार घटे के खतरा बढ़ी, मीडिया संस्था बंद हो सकेला आ सूचना के विविधता भी कम हो जाई। महासचिव पौडेल कहलन कि एह से पूरा संचार क्षेत्र पर नकारात्मक असर पड़ी।
देशभर के शाखा द्वारा आयोजित कार्यक्रम में मीडिया संचालक, संपादक, पत्रकार, विज्ञापन एजेंसी, कानून विशेषज्ञ आ संचार विज्ञ लोग शामिल होई। कार्यक्रम से निकलल निष्कर्ष, सुझाव आ सिफारिश के रिपोर्ट २०८२ चैत ३० गते तक केंद्रीय कार्यालय में भेजे के अपील कइल गइल बा।
यूनियन के अध्यक्ष शिव लम्साल कहलन कि सरकार के ई फैसला प्रेस स्वतंत्रता आ अभिव्यक्ति के आजादी पर सीधा असर डाले वाला बा।
यूनियन सरकार से मांग कइले बा कि विज्ञापन वितरण के पारदर्शी सिस्टम लागू कइल जाए, मितव्ययिता बनावत निजी मीडिया के भी शामिल कइल जाए, आ देशभर से मिलल सुझाव के आधार पर नीति में सुधार कइल जाए।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............