बारा निर्वाचन क्षेत्र नम्बर ३ के प्रतिनिधि सभा सदस्य ई. अरविन्द साह हुलाकी राजमार्ग बनावे के दौरान बाँटल मुआवजा के पूरा विवरण मांगले बाड़न।
सांसद साह बाराका प्रमुख जिल्ला अधिकारी के पत्र लिखके आर्थिक वर्ष २०८०/८१ से अब तक के मुआवजा वितरण के जानकारी अध्ययन खातिर जरूरी बतवले बाड़न।
उहो मुआवजा पावे वाला के नाम, संपर्क नंबर, जमीन के क्षेत्रफल, घर के किसिम, सिफारिश करे वाला कर्मचारी के विवरण आ भुक्तान भइल रकम समेत १४ गो बिंदु में आधारित तथ्य मांगले बाड़न।
सांसद साह चाहत बाड़न कि ई जानकारी एक्सेल शीट में तैयार करके आगामी चैत्र ३० तक उनकर आधिकारिक ईमेल पर पठावल जाव।
विशेष रूप से ई विवरण मुआवजा वितरण प्रक्रिया में पारदर्शिता बनवले राखे आ वास्तविक प्रभावित लोग के उचित मुआवजा मिलल कि ना, ई देखे खातिर मांगल गइल बा। पत्र में नापी करे वाला अमिन से लेके भुक्तान करे के तारीख तक के पूरा रेकॉर्ड माँगल गइल बा। आयोजना के वर्तमान स्थिति आ मुआवजा प्रबंधन के असली चित्र जनता के सामने लावे के उम्मीद बा।

