वीरगंज । नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ मधेस प्रदेश के हाल ही में संपन्न अधिवेशन से वीरगंज के उद्योगी संजय कुमार अग्रवाल उपाध्यक्ष (एसोसिएट तरफ) पद पर निर्विरोध चुन लिहल गइल बाड़न।
चुनाव के बाद अग्रवाल आपना के निर्विरोध चुनल गइल पर मधेस प्रदेश के अध्यक्ष, कार्यसमिति के सदस्य आ उद्योगी–व्यवसायी सभे के धन्यवाद देले बाड़न। ऊ कहलन कि आवे वाला दिन में प्रदेश के उद्योगी आ व्यवसायी सभे के हक–हित के रक्षा करत आर्थिक विकास आ समृद्धि खातिर सक्रिय रूप से काम करीहें।
अग्रवाल ई भी बतवले कि ऊ आपन से बड़ लोग के मार्गदर्शन आ सरोकार वाला पक्ष सभे के सलाह के मानत मधेस प्रदेश के औद्योगिक आ व्यावसायिक रूप से मजबूत आ व्यवस्थित बनावे के लक्ष्य लेके आगे बढ़ीहें।

