बारा में अनधिकृत तरीका से बिजली चोरी क के सिंचाई में इस्तेमाल भइल सात गो विद्युत मोटर के नियन्त्रण में ले लिहल गइल बा। नेपाल विद्युत प्राधिकरण कलैया वितरण केन्द्र आ सुरक्षा टीम के संयुक्त टोली मंगर के दिन बारा जिला के अलग–अलग जगह पर चलत ई मोटर सभ के नियन्त्रण में लेले बा।
कलैया वितरण केन्द्र के सुपरवाइजर दीपेन्द्र कुमार साह के अनुसार, १ एच.पी. के ५ गो सिंचाई मोटर, २ एच.पी. के २ गो मोटर, १ गो पंखा, १ गो स्पीकर आ १ गो फर्नीचर मशीन बरामद भइल बा।
साह बतवले कि मोटर के मालिक अगर संपर्क में आइल त जुर्माना देके ई सामान वापिस मिल सकेला, नइखे त ई सामग्री जफत क दीहल जाई। उनकर कहना बा कि बिजली चुहावट रोकला खातिर चलावल जा रहल अभियान अब अउरी कड़ाई से जारी रही।

