वीरगंज के नारायणी अस्पताल ओपीडी सेवा में दवाई वितरण में लंबा लाइन के समस्या दूर करे खातिर फार्मेसी सेवा के विस्तार कइलस।
अस्पताल आजु से नया फार्मेसी काउंटर चालू क देले बा। ई कदम ओपीडी में आवे वाला मरीजन के भीड़ के बेहतर प्रबंधन करे आ दवाई वितरण के तेज आ प्रभावकारी बनावे में मदद करी, एही उम्मीद बा।
अस्पताल प्रशासन के कहना बा कि ओपीडी में बढ़त मरीज दबाव के कारण लोग के लंबा समय लाइन में ठाड़ा रहे के समस्या पैदा हो रहल रहे। नया काउंटर चालू भइला के बाद सेवा के प्रवाह सुधरी आ मरीज लोग आसानी से दवाई प्राप्त कर सकेला, एही विश्वास व्यक्त कइल गइल बा ।

