सिराहा । सिराहा नगरपालिका–१५ बुधौरा से पुलिस लागुऔषध ब्राउन सुगर समेत तीन गो युवक के गिरफ्तार कइले बा। भारत से नेपाल आवत घरी, पुलिस चौकी खिरौना से खटाइल गश्ती टोली उनकरा सभ के पकड़ लिहलस।
गिरफ्तार होखेवाला में सिराहा के धनगढीमाई नगरपालिका–३ के १९ बरिस के अभिषेक मुखिया, गोलबजार नगरपालिका–१२ के १९ बरिस के अभिषेक मुखिया आ ओही जगह के २१ बरिस के अरविन सिंह शामिल बाड़न।
जिला पुलिस कार्यालय सिराहा के अनुसार, चैत २४ गते साँझ करीब ७ बजे भारत से नेपाल आवत म.प्र.०१-००४ प २६८८८८ नंबर के मोटरसाइकल पर शंका होखे पर चेकजांच कइल गइल, जेमे ई पदार्थ मिलल। मोटरसाइकल के इंधन टंकी के ढक्कन भीतर लुकवले हालत में ३ गो प्लास्टिक के पोटली में ब्राउन सुगर जइसन गीला पदार्थ बरामद भइल।
बरामद पदार्थ के वजन प्लास्टिक सहित ४ ग्राम ६० मिलिग्राम आ प्लास्टिक बिना २ ग्राम ५०० मिलिग्राम बतावल गइल बा।
गिरफ्तार तीनों युवक के जिला पुलिस कार्यालय सिराहा में राख के आगे के जांच चल रहल बा। चैत २५ गते सिराहा जिला अदालत से म्याद बढ़वाके कानूनी प्रक्रिया आगे बढ़ावल जा रहल बा, ई जानकारी पुलिस निरीक्षक ओम प्रकाश पण्डित देले बाड़न।

