प्रतिनिधि सभा में खाली पड़ल उपसभामुख पद खातिर राजनीतिक हलचल तेज हो गइल बा।
एही क्रम में श्रम संस्कृति पार्टी के २५ बरिस के युवा नेत्री रुबीकुमारी ठाकुर आपन उम्मेदवारी दायर कइले बाड़ी। ठाकुर के राष्ट्रीय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) के समर्थन मिलल बा। रास्वपा के महामंत्री कविन्द्र बुर्लाकोटी ई जानकारी देले बाड़न। पार्टी अपना सांसद अशोककुमार चौधरी के समर्थक के रूप में भेजले बा।
दूसरा ओर, उपसभामुख पद खातिर राष्ट्रीय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) भी आपन अलग उम्मेदवार खड़ा कइले बा। राप्रपा से सरस्वती लामा चुनावी मैदान में उतरल बाड़ी। लामाके प्रस्तावक ज्ञानेन्द्र शाही बाड़न, जबकि समर्थक के रूप में ताहिर अली, खुश्बु ओली आ भरत गिरी हस्ताक्षर कइले बाड़न।

