वीरगंज। पर्सा के छिपहरमाई गाउँपालिका वडा नं. 2 टिहुकी में स्कूल के बाउन्ड्री के भीतर से रास्ता निकाले के मुद्दा पर विवाद भइल, जवन बाद में झड़प में बदल गइल आ पाँच जने घायल हो गइलें। घायलन में दू पुरुष आ तीन महिला शामिल बाड़ी।
स्थानीय लोग के अनुसार, छिपहरमाई–2 निवासी बलिस्टर साह कानु के खेत से लागल श्री ने.रा.प्रा.वि. टिहुकी के पूरब तरफ के खेत से स्कूल के बाउन्ड्री भीतर रास्ता निकाले के कोशिश कइल जा रहल रहे। एह बात पर स्थानीय लोग सवाल उठवलस कि स्कूल के जमीन में से काहे रास्ता बनावल जा रहल बा, जवना से माहौल तनावपूर्ण हो गइल।
विवाद के दौरान बलिस्टर साह कानु आ उनका भिनाजु, जवन स्कूल के प्रधानाध्यापक सतरोहन साह कानु हउवन, संगे संजय साह, रोविन साह, इस्राइल देवान, मोतीलाल यादव, अशोक महतो, मुक्ति साह आ सिताराम साह कानु समेत कई लोग के बीच तीखा बहस भइल। धीरे-धीरे मामला बढ़त-बढ़त मारपीट तक पहुँच गइल, अइसन स्थानीय लोग बतावत बाड़ें।
झड़प में बडकी टिहुकी के जुवेद आलम, दिपी यादव आ महिलन में खुशबु खातुन, बुचि खातुन आ जमिला खातुन घायल हो गइल बाड़ी। घायलन में जुवेद आलम आ दिपी यादव के सिर पर गंभीर चोट लागल बा, जबकि जमिला खातुन चार महीना के गर्भवती बाड़ी।
घायल लोग के पहिले इलाज खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल ले जाइल गइल, बाद में बेहतर इलाज खातिर स्पर्श मल्टिस्पेसियलिटी अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा, जहाँ उनका इलाज जारी बा ।

