वीरगंज। वीरगंज महानगरपालिका के वार्ड नं. 8 के नया बनल ‘वार्ड कार्यालय भवन’ के आजु एक कार्यक्रम के बीच उद्घाटन कइल गइल। एह भवन के उद्घाटन महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह द्वारा कइल गइल।
महानगरपालिका आर्थिक वर्ष 2079/80 में टेन्डर निकाल के निर्माण प्रक्रिया शुरू कइले रहल। ई टेन्डर एसडी कन्स्ट्रक्सन के मिलल आ करीब 79 लाख रुपिया के लागत से भवन बन के तैयार भइल। अब निर्माण पूरा भइला के बाद वार्ड कार्यालय आपन सुविधा से भरल खुद के भवन से सेवा देवे लागल बा।
नया भवन दू मंजिला पक्का संरचना में बनावल गइल बा। पहिले वार्ड कार्यालय के अपना भवन ना रहे, एह चलते स्कूल के कोठा से काम चलावल जात रहे, जवन से सेवाग्राही लोग के काफी दिक्कत होखत रहे। अब नया भवन शुरू भइला के बाद सेवा अउरी व्यवस्थित, तेज आ नागरिक अनुकूल होखे के उम्मीद बा।
उद्घाटन समारोह में बोलत महानगर प्रमुख राजेशमान सिंह कहले कि नया भवन बनला से वार्ड स्तर पर सेवा अउरी आसान, जल्दी आ प्रभावी हो जाई। ऊ कहले कि स्थानीय तह के मजबूत बनावे खातिर भौतिक पूर्वाधार के विकास बहुत जरूरी बा आ अइसन काम आगे भी जारी रही।
कार्यक्रम में महानगर के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत अरविन्द लाल कर्ण, अलग-अलग वार्ड के अध्यक्ष, स्थानीय बुद्धिजीवी, समाजसेवी आ आम नागरिक लोग के अच्छा उपस्थिति रहल।

