वीरगंज। चुनाव जीतला के बाद सांसद लोग के राजधानी में ही सीमित हो जाए आ जनता से दूर हो जाए के परम्परा के तोड़त पर्सा–1 के सांसद आ रास्वपा पर्सा के सभापति हरि पन्त वीरगंज में आपन निजी सचिवालय खोलले बाड़न।
काल्हे पर्सा–1 के अगुवा नेता लोग के मौजूदगी में आयोजित कार्यक्रम में सांसद पन्त वीरगंज–8 में एह सचिवालय के उद्घाटन कइलन।
उद्घाटन करत ऊ बतवलन कि जब ऊ वीरगंज से बाहर रहिहें तबो अपना क्षेत्र के जनता के समस्या, दिक्कत आ जरूरत में मदद करे खातिर सुदिश प्रजापति के नेतृत्व में 15 सदस्यीय सचिवालय टीम बनावल जाई। ऊ कहलन कि कुछ दिन में टीम पूरा क के सभे सदस्य के नाम आ मोबाइल नंबर सार्वजनिक कइल जाई।
सांसद पन्त कहले कि जनता के सीधा बदलाव महसूस होखे, एह दिशा में काम शुरू हो चुकल बा। ऊ सरकारी दफ्तर लोग के सेवा में ढिलाई ना करे के निर्देश दे चुकल बाड़न। अगर कहीं बेकार के देरी होखे त लोग सचिवालय के जारी होखे वाला संपर्क नंबर पर जानकारी दे सकेला।
कार्यक्रम में रास्वपा पर्सा के उपसभापति तुल्सा पौडेल, सचिव सुदिश प्रजापति, कोषाध्यक्ष दिलिप कुर्मी, क्षेत्रीय सभापति राम आर्या, महानगर सभापति अमन आलम, सचिव गौतम श्रेष्ठ समेत कई नेता आ कार्यकर्ता मौजूद रहलें।
एह अलावा युबराज पटेल, दीपेन्द्र मण्डल, राम बाबू सिंह, महबुब आलम, सगीर अन्सारी, विशाल कुमार, सुमित चौरसिया, राजु गुप्ता, दिनेश गुप्ता, राम लामा, त्रिनेश गिरि, पूर्ण सापकोटा, सम्साद आलम, शन्नी गुप्ता, रामेश्वर साह, आलोक मिश्र, सालिक पौडेल समेत कई नेता आ 19 वट वॉर्ड के चुनाव परिचालन समिति के संयोजक, उपसंयोजक आ शुभेच्छुक लोग के भी अच्छा उपस्थिति रहल।
कार्यक्रम के संचालन कृष्ण पासवान कइले रहलें।

