सरकार हप्ता मे दू दिन सार्वजनिक बिदा लागू करे के बाद स्वास्थ्य सेवा प्रभावित ना होखे एह खातिर आइतवार भी अस्पताल के बहिरंग (ओपीडी) सेवा चालू राखे के निर्देश जारी कइले बा।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मंत्रालय एक विज्ञप्ति निकाल के कहलस कि एतवार के बिदा के कारण मरीज लोग के सेवा लेवे में समस्या ना होखे, एह खातिर देशभर के अस्पताल आ स्वास्थ्य संस्था में ओपीडी सेवा लगातार चालू राखल जाए।
मंत्रिपरिषद के निर्णय अनुसार चैत 22 गते राजपत्र में प्रकाशित सूचना अनुसार अब शनिचर आ एतवार के लगातार दू दिन सार्वजनिक बिदा लागू हो गइल बा। एह संदर्भ में मंत्रालय स्वास्थ्य सेवा के नियमित आ प्रभावकारी बनावे खातिर नया व्यवस्था लागू कइले बा।
मंत्रालय के सह–प्रवक्ता डा. समीरकुमार अधिकारी द्वारा जारी विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि अस्पताल अपना काम के बोझ आ उपलब्ध जनशक्ति के आधार पर एतवार के ओपीडी सेवा चलावस। साथे ही एतवार के काम करे वाला स्वास्थ्यकर्मी के हप्ता मे शनिचर छोड़ के दोसरा दिन बिदा देवे के व्यवस्था मिलावे के निर्देश भी दिहल गइल बा।
विज्ञप्ति में ई भी साफ कहल गइल बा कि विशेष परिस्थिति में बिदा ना दे सकल जाए त बदली (सट्टा) बिदा के व्यवस्था जरूर कइल जाए। एह अलावा प्रदेश अस्पताल में भी ई व्यवस्था लागू करे आ सम्बन्धित प्रदेश स्वास्थ्य मंत्रालय से समन्वय करे के आग्रह कइल गइल बा।

