प्रसिद्ध भारतीय गायिका आशा भोसले के तबियत खराब होखला के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।
दिल (कार्डियाक) आ सांस से जुड़ल समस्या देखाई देला के बाद शनिचर के उनका ब्रिच क्यान्डी हस्पिटल के आईसीयू में भर्ती करावल गइल।
९२ बरिस के भोस्ले जी पिछला कुछ महीना से लगातार अस्वस्थ चलत रहली। भारतीय मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, अभी उनका हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।
उनका सेहत के बारे में परिवार के तरफ से अबले कोई आधिकारिक बयान सामने नइखे आइल।
भारतीय संगीत जगत के दिग्गज गायिका भोस्ले आठ दशक से जादे लंबा करियर में हजारों गीत गा चुकल बाड़ी। ऊ हिंदी के साथे-साथ कई भाषा में गीत गवले बाड़ी, आ बहुत से लोकप्रिय नेपाली गीत में भी अपना आवाज देले बाड़ी।
उनका स्वास्थ्य के बारे में अउरी जानकारी के इंतजार कइल जा रहल बा।

