• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

अमेरिका–इरान वार्ता निष्कर्षविहीन, तनाव अबहियो बरकरार

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २९ गते
A A
अमेरिका–इरान वार्ता निष्कर्षविहीन, तनाव अबहियो बरकरार

संयुक्त राज्य अमेरिका आ इरान के बीच बहुचर्चित उच्चस्तरीय वार्ता कवनो ठोस समझौता बिना खत्म हो गइल बा। पाकिस्तान के मध्यस्थता में राजधानी इस्लामावाद में २१ घंटा लंबा ‘मैराथन वार्ता’ चलल, बाकिर दुनो पक्ष में सहमति ना बन सकल।
वार्ता के बाद भइल प्रेस कॉन्फ्रेंस में जेडी भेन्स कहले कि इरान के “आखिरी आ सबसे बढ़िया प्रस्ताव” दे दिहल गइल बा। उनकर कहना रहल, “हमनी साफ प्रस्ताव देनी, अब इसे मानल कि ना मानल—ई फैसला इरान के हाथ में बा।”
शनिचर से शुरू भइल ई वार्ता अतवार सबेरे ले चलल। भान्स २१ घंटा तक लगातार कोशिश के बावजूद सहमति ना बन पावल पर अफसोस जतवले आ आरोप लगवले कि इरान अमेरिकी शर्त मानेला से इनकार कइलस।
वार्ता के आयोजन में भूमिका निभावे वाला  शहबाज शरिफ  आ अशिम मुनिर  के ऊ धन्यवाद देत कहले कि असफलता में पाकिस्तान के कवनो कमी नइखे।
एही बीच, डोनाल्ड ट्रम्प वाइट हाउस से प्रतिक्रिया देत कहले कि इरान से समझौता होखे या ना होखे, उनकरा पर खास फर्क ना पड़ी। ऊ दावा कइले कि अमेरिकी सेना इरान के सैन्य ढांचा आ नेतृत्व के काफी नुकसान पहुँचा चुकल बा।
दूसरा ओर, अमेरिकी सेन्ट्रल कमाण्ड होर्मुज जलसंधि में लगावल बारूदी सुरंग हटावे के काम शुरू होखे के जानकारी दिहलस आ बतवलस कि दू अमेरिकी युद्धपोत सुरक्षित रूप से इलाका पार कर चुकल बा। बाकिर इरान एह दावा के खंडन करत कहले बा कि जलक्षेत्र पर उनकर पूरा नियंत्रण बरकरार बा।
वार्ता के दौरान इरान युद्धविराम में लेबनान के भी शामिल करे के शर्त रखले रहल। एह संदर्भ में बेन्जामिन नेतनयाहु लेबनान से शांति वार्ता खातिर सैद्धान्तिक सहमति जतवले बाड़न, बाकिर ऊ हिजबुल्लाह के निरस्त्रीकरण आ इरान के संवर्धित यूरेनियम नष्ट करे के मांग पर कायम बाड़न।
इस्लामाबाद वार्ता बिना नतीजा खत्म होखे से अब मध्यपूर्व के सुरक्षा स्थिति आ संभावित संघर्ष के दिशा पर अंतरराष्ट्रीय समुदाय के चिंता अउरी बढ़ गइल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............