• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

भारतीय गायिका आशा भोसले के निधन

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र २९ गते
A A
प्रसिद्ध गायिका आशा भोसले के आईसीयू में भर्ती करावल गइल

भारत के प्रख्यात तथा महान् गायिका आशा भोसले अब हमनी बीच ना रहलीं। ऊ 92 साल के उमर में जीवन के अंतिम सांस ले ली।
रिपोर्ट के मुताबिक, कुछ महीना से ऊ अस्वस्थ चलत रहलीं। शनिचर के दिने उनकर तबियत बिगड़ गइल आ दिल तथा सांस लेवे में दिक्कत होखला पर उनकरा मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में भर्ती करावल गइल। हालत गंभीर होखला पर डॉक्टर लोग उनका आईसीयू में राख के इलाज करत रहे।
परिवार के अनुसार, उनकर निधन के खबर उनकर बेटा आनन्द एतवार के दिने पुष्टि कइले। उनकर अंतिम संस्कार सोमार के होखे के जानकारी परिवार देले बा।
आशा भोसले जी आठ दशक से भी ज्यादा समय ले संगीत के दुनिया में सक्रिय रहीं। ऊ हजारों गीत में अपना मधुर आवाज देके भारत ना, बलुक पूरा दुनिया में अपना पहचान बनवली।
1933 में जन्म लेले वाली आशा भोसले जी 9 साल के उमर से गायन शुरू कइली। 1943 में ऊ आपन पहिला फिल्मी गीत रिकॉर्ड कइली। 1950 के दशक से ऊ बॉलीवुड में अपना अलग पहचान बनवली आ कई नामी संगीतकारन के पसंदीदा गायिका बन गइली।
शुरुआत में ऊ नृत्य गीत लेके सीमित रहली, बाकिर बाद में गजल, शास्त्रीय आ अलग-अलग शैली में भी अपना प्रतिभा देखवली। ‘उमराव जान’ आ ‘इजाजत’ जइसन फिल्म के गीत आजो लोग के दिल में बसल बा।
उनका के सात बेर फिल्मफेयर अवार्ड मिलल आ ‘दिल चीज क्या है’ आ ‘मेरा कुछ सामान’ खातिर राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार भी मिलल।
आशा भोसले के निधन से भारतीय संगीत जगत में एगो युग के अंत मानल जा रहल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............