• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना द्वारा बारा के प्रसौनी में विद्यालय भवन के शिलान्यास

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३० गते
A A
वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना द्वारा बारा के प्रसौनी में विद्यालय भवन के शिलान्यास

वीरगंज। नेपाल–भारत विकास सहयोग के तहत बारा जिला के प्रसौनी गाउँपालिका–2 में स्थित श्री बेङ्गा साह माध्यमिक विद्यालय आ पुस्तकालय भवन के निर्माण काम अब आधिकारिक रूप से शुरू हो गइल बा।
चैत 30 के आयोजित शिलान्यास समारोह में वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना आ प्रसौनी गाउँपालिका के अध्यक्ष विनोद प्रसाद जैसवाल मिलके भवन के शिलान्यास कइलें।
भारत सरकार के करीब 4 करोड़ रुपया के अनुदान से बनत ई परियोजना उच्च प्रभाव सामुदायिक विकास परियोजना (HICDP) के तहत चल रहल बा। एह योजना में तीन मंजिला दू गो भवन बनावल जाई, जवन में 12 गो कक्षा, कैंटीन, भोजनालय, पुस्तकालय, कंप्यूटर आ विज्ञान प्रयोगशाला बनावल जाई।
महावाणिज्यदूत मीना कहलें कि एह परियोजना से स्थानीय विद्यार्थी लोग के बेहतर शिक्षा पावे खातिर अनुकूल माहौल मिलिहे। ऊ ई भी बतवलें कि भारत सरकार शिक्षा, स्वास्थ्य आ पूर्वाधार विकास में लगातार सहयोग करत आइल बा।
एहिजा प्रसौनी गाउँपालिका के अध्यक्ष जैसवाल कहलें कि नया भवन से स्कूल के शैक्षिक गुणवत्ता बढ़ी आ समय पर निर्माण पूरा होखे खातिर गाउँपालिका पूरा सहयोग करी।
फिलहाल मधेश प्रदेश में भारत सरकार द्वारा मंजूर 87 परियोजना में से 61 पूरा हो चुकल बा आ 26 अबहीं निर्माण के चरण में बा। एहमें 52 परियोजना शिक्षा क्षेत्र से जुड़ल बा। बारा जिला में कुल 4 परियोजना मंजूर भइल रहे, जवना में 3 पूरा हो गइल बा आ 1 अभी बन रहल बा।
भारत सरकार अबले पूरा नेपाल में 1049 एम्बुलेंस आ 381 स्कूल बस दे चुकल बा। मधेश प्रदेश में 232 एम्बुलेंस आ 40 स्कूल बस, जबकि बारा जिला में 40 एम्बुलेंस आ 6 स्कूल बस वितरित कइल गइल बा।
विद्यालय में अभी करीब 2400 विद्यार्थी पढ़त बा। नया भवन बनला के बाद सुरक्षित आ आधुनिक शिक्षा माहौल मिले के उम्मीद बा।
कार्यक्रम में उपाध्यक्ष किरण देवी साह, प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत नवीन कुमार श्रीवास्तव समेत स्थानीय जनप्रतिनिधि, शिक्षक, अभिभावक आ आम जनता के उपस्थिति रहल।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............