वीरगंज। वीरगंज में सशस्त्र प्रहरी बल के गाड़ी से मोटरसाइकिल के टक्कर हो गइल, जवना में एक आदमी घायल हो गइल बा।
वीरगंज महानगरपालिका–22 जगरनाथपुर चोक नजदीक सोमार के सबेरे सशस्त्र प्रहरी बल के ना.1 झ 1531 नंबर के स्कार्पियो गाड़ी से प्रदेश 2–001–प 1629 नंबर के मोटरसाइकिल के टक्कर हो गइल।
दुर्घटना में वीरगंज–32 चोर्नी निवासी दिपेन्द्र श्रीवास्तव घायल भइलें। उनकर इलाज नारायणी अस्पताल में चल रहल बा, सशस्त्र प्रहरी बल नं.13 गण पर्सा के सूचना अधिकारी सशस्त्र प्रहरी नायब उपरीक्षक मोहन निरौला जानकारी देले बाड़ें।
स्थानीय लोग के अनुसार ड्राइपोर्ट से परवानीपुर जात मोटरसाइकिल के विपरीत दिशा से आवत सशस्त्र प्रहरी के गाड़ी ठोकर मार दिहलस। कुछ प्रत्यक्षदर्शी लोग त ई भी आरोप लगवले कि गाड़ी जानबूझ के ठोकर मारल गइल हो सकेला।
घटना के बाद स्थानीय लोग प्रशासन के जानकारी देले, त पुलिस टीम घटनास्थल पर पहुंचल। लेकिन मौके पर खटाइल पुलिस अधिकारी पर स्थानीय लोग सख्त व्यवहार करे के आरोप लगवले बा।
घटना के बारे में आगे के जांच पुलिस द्वारा जारी बा।

