• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

बारा में एसईई परीक्षा के उत्तरपुस्तिका जांच पूरा हो गइल बा आ नतीजा आज ही बोर्ड में भेजल जाई

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८२ चैत्र ३० गते
A A
बारा में एसईई परीक्षा के उत्तरपुस्तिका जांच पूरा हो गइल बा आ नतीजा आज ही बोर्ड में भेजल जाई

बारा जिल्ला में इ वरिष के माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) के उत्तरपुस्तिका परीक्षण काम पूरा हो गइल बा।
शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई बारा के अनुसार, जिले के सब विद्यालय में पढ़ावल जाए वाला विषय के उत्तरपुस्तिका परीक्षण जिले भीतर ही पूरा कइल गइल बा।
इकाई के निमित्त प्रमुख अशोक कुमार रौनियार जानकारी देले कि जांच भइल उत्तरपुस्तिका के नतिजा प्रमाणीकरण करके आज ही राष्ट्रीय परीक्षा बोर्ड में भेजल जाई।
शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मंत्री सुमन्त पोखरेल कार्यभार संभाले के बाद एसईई के नतिजा एक महीना भीतर जारी करे के निर्देश देले रहले। एह निर्देश के बाद बोर्ड परीक्षा केन्द्र से ही उत्तरपुस्तिका जांच के व्यवस्था लागू कइलस, जवना से काम में तेजी आइल बा।
एह साल बारा से साधारण नियमिततर्फ 8 हजार 377 विद्यार्थी परीक्षा में शामिल भइलें। ओही तरह 2080 आ 2081 के ग्रेड वृद्धितर्फ 1 हजार 933 विद्यार्थी आ 2079 के ग्रेड वृद्धितर्फ 66 विद्यार्थी शामिल रहलें।
प्राविधिक धारतर्फ नियमित 375 आ ग्रेड वृद्धितर्फ 63 मिलाके कुल 438 विद्यार्थी परीक्षा दिहलें। एह तरह से जिले में कुल 10 हजार 813 परीक्षार्थी शामिल भइलें, जेमे 102 सामुदायिक आ 53 संस्थागत विद्यालय शामिल बा।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............