• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

श्रीराम महायज्ञ आ श्रीराम कथा कार्यक्रम भव्य रूप से शुरू होखे जा रहल

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख १ गते
A A
श्रीराम महायज्ञ आ श्रीराम कथा कार्यक्रम भव्य रूप से शुरू होखे जा रहल

वीरगञ्ज (पर्सा) — हिन्दू पत्रकार समाज के बैनर तले आजु भइल पत्रकार सम्मेलन में दिहल जानकारी अनुसार, वीरगञ्ज के रेलवे रोड पर स्थित श्री पञ्चमुखी हनुमान मन्दिर के प्रांगण में वैशाख ९ गते से नौ दिन के राम महायज्ञ आ श्रीराम कथा कार्यक्रम भव्य रूप से शुरू होखे जा रहल बा।

ई आयोजन श्री राम कथा यज्ञ समिति आ वीरगञ्जवासी लोग के संयुक्त पहल से कइल जा रहल बा। कार्यक्रम के तहत २०८३ साल वैशाख ९ गते सबेरे ८:०० बजे कलश यात्रा निकाली जाई। हर दिन सबेरे ८:०० से ११:०० बजे तक वेदी पूजन आ तिजहरिया ३:०० से साँझ ७:०० बजे तक श्रीराम कथा वाचन के कार्यक्रम तय कइल गइल बा।कथा वाचन काशी से आइल पूज्य श्री मधुकर जी महाराज द्वारा कइल जाई। महायज्ञ के पहिलका दिने कलश यात्रा मे सबेरे ७ बजे नगर परिक्रमा भी होई, जेमे श्रद्धालु घडिहर्वा पोखरी से जल भर के नगर परिक्रमा करत यज्ञ स्थल तक पहुँचिहें।

आयोजकन के अनुसार, एह धार्मिक आयोजन पर करीब १४ से १५ लाख रुपिया के लागत अनुमानित बा। राम टोल, कुम्हाल टोल, नगवा आ जेल टोल समेत कई इलाका में घर-घर जा के चन्दा संकलन कइल गइल बा। साथे ही सामाजिक आ धार्मिक लोग से भी सहयोग जुटावल गइल बा।कार्यक्रम स्थल पर मूर्ति निर्माण, मेला आ झूला जइसन कई आकर्षण के व्यवस्था भी कइल गइल बा, जेसे श्रद्धालु लोग खातिर आयोजन अउरी आकर्षक बने के उम्मीद बा।यज्ञाचार्य स्वामी राजीव रञ्जन भारद्वाज सभे श्रद्धालु लोग से अपील कइले बाड़न कि कार्यक्रम में शामिल होके धर्म लाभ जरूर उठाई।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............