• BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers
LoGo
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
  • समाचार
  • राजनीति
  • बजार
  • मनोरञ्जन
  • निर्वाचन
  • खेल
  • विश्व
  • अन्य
    • इतिहास
    • रोचक जानकारी
    • विचार
    • धर्म संस्कृति
    • साहित्य
  • लेखक के परिचय
  • आजु के पाती
No Result
View All Result
No Result
View All Result

पर्सा के पोखरिया में भारत के सहयोग से 7 करोड़ से अधिक लागत के विद्यालय भवन के निर्माण शुरू

भोजपुरी पाती by भोजपुरी पाती
२०८३ बैशाख २ गते
A A
पर्सा के पोखरिया में भारत के सहयोग से 7 करोड़ से अधिक लागत के विद्यालय भवन के निर्माण शुरू

पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–७ में स्थित महोबनी पदम माध्यमिक विद्यालय में भारत सरकार के आर्थिक सहयोग से नया शैक्षिक भवन के निर्माण कार्य शुरू हो गइल बा। करीब 7 करोड़ 25 लाख रुपया के लागत से बने वाला तीन तल्ला आधुनिक भवन के काल्हु मंगर के दिन एगो कार्यक्रम के बीच शिलान्यास कइल गइल।
शिलान्यास कार्यक्रम में वीरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना आ पोखरिया नगरपालिका के मेयर प्रदुमन प्रसाद चौहान संयुक्त रूप से आधारशिला राखले। ई परियोजना नेपाल–भारत विकास साझेदारी के तहत उच्च प्रभाव सामुदायिक विकास परियोजना मार्फत लागू कइल जा रहल बा।
परियोजना अनुसार कुल लागत में से 6 करोड़ 53 लाख रुपया भारत सरकार के अनुदान से आ बाकी 72 लाख रुपया पोखरिया नगरपालिका के लगानी से निर्माण कार्य आगे बढ़ावल जा रहल बा। निर्माण पूरा होखे के बाद विद्यालय में दू गो तीन तल्ला भवन रही, जवना में 12 गो कक्षाकोठरी, पुस्तकालय, कंप्यूटर आ विज्ञान प्रयोगशाला, कैंटीन आ भोजनालय जइसन आधुनिक सुविधा उपलब्ध रही।
कार्यक्रम के संबोधित करत महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना कहली कि नेपाल के समग्र विकास में भारत सरकार के सहयोग लगातार जारी रही। ऊ “पडोसी पहिले” नीति के तहत शिक्षा, स्वास्थ्य आ पूर्वाधार विकास के क्षेत्र में भारत के योगदान के चर्चा कइली।
उनकर कहनाम रहल कि उच्च प्रभाव सामुदायिक विकास परियोजना नेपाल–भारत सहयोग के एगो महत्वपूर्ण हिस्सा ह, जवन विद्यालय, स्वास्थ्य संस्था, सड़क, पुल, सिंचाई आ दोसरा आधारभूत संरचना के विकास के जरिए स्थानीय जीवन स्तर के ऊपर उठावे में मदद करत बा।
मधेश प्रदेश में भारत सरकार अबले 87 गो परियोजना स्वीकृत कर चुकल बा, जवना में से 61 पूरा हो चुकल बा आ 26 अभी निर्माणाधीन बा। एह में शिक्षा क्षेत्र में सबसे अधिक परियोजना बा। एही के साथ भारत सरकार नेपाल भर में 1049 एम्बुलेंस आ 381 गो स्कूल बस दे चुकल बा।
अभी एह विद्यालय में करीब 2400 विद्यार्थी पढ़ाई करत बाड़े। नया भवन बनला के बाद शैक्षिक वातावरण अउरी बेहतर होखे के उम्मीद बा। सुरक्षित आ सुविधासंपन्न पूर्वाधार से विद्यार्थी लोग के सीखाई स्तर में सुधार होखे के भरोसा जतावल जा रहल बा।
शिलान्यास कार्यक्रम में स्थानीय जनप्रतिनिधि, विद्यालय व्यवस्थापन समिति, शिक्षक–शिक्षिका, अभिभावक आ विद्यार्थी लोग के उल्लेखनीय सहभागिता रहल रहे ।

भोजपुरी पाती

भोजपुरी पाती

Leave a Reply Cancel reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Facebook Twitter Youtube
गंगोत्री मिडियाद्वारा संचालित
bhojpuripaatidaily.com
Email : bhojpuripaati77@gmail.com
Contact : 9845186693
               9809183151

अध्यक्ष: जितेन्द्र कुमार साह (प्रियांशु)
सम्पादक: सुजीत कुमार गुप्ता
न्यूज डेस्क: दीपेन्द्र प्रसाद
कानुनी सल्लाहकार: प्रतिमा कुमारी चौरसिया

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............

No Result
View All Result
  • BHOJPURI PAATI
  • epaper
  • Introduction of Writers

2026 Powered ll Site Designed By Newlife Ranjit Yadav   l   सूचना तथा प्रशारण विभाग दर्ता नं. : ..............   l   प्रेस काउन्सिल दर्ता नं. ............