वीरगंज । इन्सपायर एजुकेशन के आयोजन आ वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. ९ के वडा कार्यालय, पर्सा के सहयोग से आज से दू महीना के नि:शुल्क लोकसेवा आयोग तैयारी कक्षा शुरू भइल बा। ई कक्षा संकल्प लोक सेवा आयोग के कार्यालय में चलावल जात बा।
कार्यक्रम के उद्घाटन इन्सपायर एजुकेशन के अध्यक्ष अशोक कुमार साह के अध्यक्षता आ वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. ९ के वडा अध्यक्ष जवाहर प्रसाद गुप्ता के मुख्य अतिथि के रूप में भइल।
उद्घाटन समारोह में वडा अध्यक्ष गुप्ता बतवले कि वडावासी लोग के सक्षम बनावे आ रोजगार के मौका बढ़ावे के उद्देश्य से अलग-अलग तालिम आ कार्यक्रम चलावल जात बा। ऊ कहलन कि वडाके समृद्धि आ विकास खातिर लगातार काम करत रहब। साथे, मतदाता लोग के भरोसा पर धन्यवाद देत आगे आउर प्रभावी काम करे के वचन दिहलन।
कार्यक्रम में वडा सचिव मेघराज श्रेष्ठ, वडा सदस्य गीता मानन्धर, सोनी कुमारी पासवान, लालबाबु प्रसाद कलवार, नन्दकिशोर चौहान समेत अन्य लोग के उपस्थिति रहल। एह मौका पर जगत समाचार के संचालक आ जनभण्डाफोर दैनिक के कार्यकारी संपादक जगत राई भी आपन विचार राखलन।
तालिम में ३० गो विद्यार्थी हिस्सा लेत बाड़ें आ पूरा अवधि में अशोक कुमार साह प्रशिक्षण देइहें।
उद्घाटन कार्यक्रम के संचालन श्रीकान्त वैठा कइले रहलन।

