वीरगंज । विश्व हिन्दू परिषद् नेपाल बारामे होखे जा रहल मुस्लिम समुदाय के धार्मिक सभा ‘इज्तिमा’ में विदेशी नागरिकन के भागीदारी रोके के माँग करत जिला प्रशासन कार्यालयन के ध्यान आकर्षित कइले बा।
परिषद् बुध के दिने बारा आ पर्सा के जिला प्रशासन कार्यालय में अलग-अलग चिट्ठी देके खासकर तिसरका देश के नागरिकन के प्रवेश आ सहभागिता पर कड़ाई करे के आग्रह कइले बा। ई पत्र सहायक प्रमुख जिला अधिकारी छविरमण भट्टराई आ प्रमुख जिला अधिकारी भोला दाहाल के बुझावल गइल बा।
आवे वाला बैशाख ११ से १४ तक जितपुर–सिमरा उपमहानगरपालिका–२४ हरपुर में होखे जा रहल इज्तिमा में पाकिस्तान, बांग्लादेश जइसन इस्लामिक देशन से लोग आवे के जानकारी मिलल पर परिषद् चिंता जतवले बा।
ध्यानाकर्षण पत्र में कहल गइल बा कि धार्मिक सभा के नाम पर कुछ विदेशी नागरिक अवैध रूप से नेपाल में घुस सकेलें आ इहहीं छिप के बस सकेलें, जवन राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर खतरा बन सकेला। एह बात के ध्यान में रखत प्रशासन से सतर्क रहे के आग्रह कइल गइल बा।
परिषद् पुरनका अनुभव के हवाला देत कहले बा कि इज्तिमा में आइल कुछ विदेशी लोग वापस ना जाके नेपाल में ही रुक जाए के संभावना रहेला। खासकर रोहिङ्ग्या समुदाय के संभावित प्रवेश पर चिंता जतावल गइल बा।
नेपाल-भारत सीमा के संवेदनशीलता के देखते अवैध घुसपैठ रोके आ साम्प्रदायिक सद्भाव बनावल रखे खातिर कड़ाई जरूरी बतावल गइल बा। साथे, कार्यक्रम के दौरान होखे वाला गतिविधि आ विदेशी सहभागी के स्थिति पर पारदर्शी निगरानी रखे के जरूरत पर जोर दिहल गइल बा।

